Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- बिहार में दारूबंदी के कानून बन गइल सरकार के कपार के बोझा

[ad_1]

पांव लागीं मलिकार ! बिहार में एह घरी जेने जायेब त रउरा खाली दारू के बतकही सुने के मिली. एतना कड़ाई के बादो जवनी गंतिया दारू धराता आ पियक्कड़ पकड़ात बाड़े सन, ऊ देख-सुन के बुझाता कि नीतीश कुमार खाली जिद धइले बाड़े. कुछऊ हो जाव पियक्कड़ मनिहें सन ना. कहल गइल बा नू- चोरवन के मन बसे कंकरी के खेत में. उहे बात बा. एने जिला-जिला घूम के समाज सुधारे के नीतीश जी अभियान चलवले बाड़े. बाकिर समाज का सुधरी, जवना में मवाद नीयर खराबी भीतरे भीतर बजबजाता. कहीं सरसों के खेत में दारू मिलता त कहीं दोसरा चीज के करटून में दारू धराता. बुझाता कि बाग के बाग कुलवांसिये हो गइल बा बिहार में. सरकार के सबसे बड़ कपरबथी त एकरा के लेके हो गइल बा कि जेल में एह पियक्कड़न से अब जगहा कम परे लागल बा. पांड़े बाबा काल्ह बतावत रहुवीं कि अबहीं ले कोट-कचहरी में पौने दू लाख से बेसी केस खाली दारू के हो गइल बा. जज साहेब लोग के बुझाते नइखे कि दारू के केस देखे लोग कि दोसर ममिला सुने लोग.

पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि दारू के ममिला में धराइल लाखन लोग कोट में सुनवाई ना हो पवला से जेल में परल बा. पहिलहीं से किसिम किसिम के केस के कोट में ढेर लागल बा. अब दारूबंदी वाला नया केस पहाड़ बनल जा तारे सन. सरकार एही से अब स्पेसल कोट बनावे में लागल बिया. सुने में आवता कि अइसन स्पेसल कोट बनी, जवन खाली दारू के ममिला देखी-सुनी. हाईकोट बिहार सरकार के एह गोहार के मान लिहले बा. दारू के ममिला निपटावे खातिर स्पेशल कोट बनावे के तैयारी शुरू हो गइल बा. सरकार एतना हड़बड़ी में बिया कि हाईकोट के हुकुम मिलते 74 गो स्पेशल कोट बना दिहलस. एह कोट खातिर जज साहेब लोग भी बहाल हो गइल बा. पांड़े बाबा खबर कागज पढ़ के बतावत रहुवीं कि दारू के ममिला एक लाख अस्सी हजार से ऊपर हो गइल बा. अबे बिहार के हाल ई बा कि जेलन में सबसे बेसी कैदी दारूबंदी कानून तूरे वाला हो गइल बाड़े. सुनवाई में देरी से एकनी के जल्दी जमानतो नइखे हो पावत. एइमें सबसे बेसी ओइसन बंदी बाड़े, जे दारू पियला में धराइल बा. दारू के बड़का धंधाबाज कमे बाड़े. सजाय ना भइला से लोग में डर-भय भी नइखे होत. सीजेआई दारूबंदी कानून पर का कहले पांड़े बाबा एगो बात इहो बतावत रहुवीं कि दिल्ली वाली बड़की कचहरी के सबसे बड़का जज साहेब (मलिकाइन चीफ जस्टिस आफ इंडिया- सीजेआई के बड़की कचहरी के सबसे बड़का जज कहले बाड़ी)

कहले बाड़े कि दारूबंदी कानून बनावे के बेरा नीतीश कुमार आगे के बात ना सोचले. एही के नतीजा बा कि कोट में दारू के मोकदमा के पहाड़ लागल बा. उनकर कहनाम बा कि देस के सगरी कचहरी में पहाड़ अइसन मुकदमा के ढेर लगला का पीछे बिहार के दारूबंदी कानून जइसन फैसला जिमवार बा. अइसन कानून के मसौदा बनावे के पहिले आगे के बात ना सोचल गइल. हाईकोट में जमानत के अरजी एतना हो गइल बाड़ी सन कि एगो जमानत के अरजी निपटावे में एक साल के टाइम अबे लाग जाता. एह से कवनो कानून बनावे के पहिले ओई पर बहस होखे के चाहीं, खूब चिंतन-मनन करे के चाहीं. ठीक से सोच-विचार ना होई त एकर असर कोट-कचहरी के काम पर परबे करी.

हाईकोट एक विशेष कोट है

पांड़े बाबा कहत रहुवीं कि दारूबंदी कानून से हाथी के पोंछ नीयर ममिला-मोकदमा रोज-रोज बढ़ल जा तारी सन. बिहार सरकार अबे ले पौने दू लाख से बेसी दारू से जुड़ल मुकदमा कइले बिया. खाली नवंबर महीना में 11 हजार से बेसी लोग दारू के ममिला में धराइल बा. हाईकोर्ट एह बात से खिसिय़ाइल त सरकार जिला जिला में स्पेसल कोट बनावे के इजाजत मंगलस. हाईकोट एकरा के मंजूर क लिहलस. ओकरा बाद सरकार 74 गो स्पेसल कोट बनवले बिया, जवन खाली दारू के ममिला सुनी. एहू में पेंच फंस गइल बा. स्पेसल कोट में जेकर जमानत मंजूर नइखे होत, ऊ हाईकोट चहुंप जाता.

बिहार के जेल में आधा कैदी दारू वाला

बिहार के जेलन में जेतना बंदी बाड़े, ओइमें आधा त खाली दारू के ममिला में धराये वाला लोग बा. पिछलका एक महीना में सरकार 11 हजार लोग पर दारूबंदी कानून में केस कइले बिया. पटना के बेउर जेल में साढ़े पांच हजार कैदी अबे बाड़े. ओइमें दू हजार से बेसी खाली दारू के ममिला में बंद बाड़े. एह साल के शुरुआती आठ महीना में करीब 50 हजार लोग दारू पीये भा बेचे के ममिला में जेल गइल बा. पहिलहीं से बिहार के जेलन में जेतना जगहा बा, ओकरा से बेसी कैदी ठुंसाइल बाड़े. दारूबंदी कानून में रोज सैकड़न आदमी जेल जा तारे. ई देख के बुझाता कि अब सरकार के एकरा खातिर अलगा जेलो बनावे के पर जाई.

शराब पीयला से 200 किसिम के बेमारी

नीतीश जी जिला-जिला घूम के बतावत फिरतारे कि जेतना लोग दुनिया में मुएला, ओइमें 13.5 परसेंट दारू पियला से मरेला. दारू पियला से 200 किसिम के बेमारी होखेली सन. दारू पियला से 48 परसेंट लोग के लीवर खराब हो जाला. ओह लोगन के लीवर सिरोसिस जइसन खतरनाक बेमारी होला. दारू पीये वाला 18 परसेंट लोग खुदे आपन जान ले लेला. माने आपन हत्या अपने क लेला. शराब पियला से 18 परसेंट लोग आपस में लड़ाई-झगड़ा करेला. दारू पियला से दुनिया भर में 27 परसेंट रोड एक्सीडेंट होला. मुंह में कैंसर के जेतना ममिला होली सन, ओइमें 26 परसेंट दारू के पावल गइल बा. पेट के 37 परसेंट बेमारी दारू से होला. टीबी के मरीज में 20 परसेंट ऊ होले, जे दारू पीयेला.

मार बढ़नी अइसन लखुत के

मार बढ़नी रे ! जब दारू एतना खराब बा मलिकार त काहें लोगवा एह लखुत के तेयागत नइखे. नीतीश जी के बतिया त हमरो नीक लगुए. अपने जवार में अबे ले पांच-छह आदमी दारुए पीयला से जवानिये में मरल बाड़े. ई त आंख से देखल बा. केतने घर बरबाद भइली सन एह दारू के कारने. बड़का बड़का जिमदार (जमींदार) लोग सगरी खेत बेच के पी गइल. ओह लोगन के घर के लड़िका आज एने-ओने नोकरी खातिर छिछियात फिरतारे सन. बा त ई सचहू बेजांय चीज मलिकार, बाकिर जब केहू चूल्हा में मूड़ी झोंके पर अड़ल होखे त केहू का क सकेला. एगो बात हमरा अबहीं ले ना बुझाइल मलिकार कि दारू जब एतना खराब बा त मुलुक भर में एकरा के बनावल-बेचल काहें नइखे रोक दिहल जात. बड़की मोदी जी के गुजरात में बिहारे अइसन दारूबंदी बा, बाकिर लोग बतावेला कि ओइजा नांव खातिर रोक बा. सगरी जगहा बिकाला आ पीये वाला पीयेला. मोदी जी कई गो अइसन काम कइले बाड़े, जवन अबे ले ना भइल रहल हा. दारू बनावल-बेचल भी मुलुक भर में रोक दीते त सचहूं समाज सुधर जाइत. पाती लमहर हो गइल मलिकार. रउरा पढ़े के टाइमो मिली कि ना. एह से बाकी अगिला पाती में.
राउर, मलिकाइन
(ओमप्रकाश अश्क स्वतंत्र पत्रकार हैं. आलेख में व्यक्त विचार उनके निजी हैं.)

आपके शहर से (पटना)

टैग: भोजपुरी लेख, भोजपुरी समाचार

.

[ad_2]

Supply hyperlink

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *